सिंगरौली - सन् 1970 की। चाचर बसौड़ा गाँव में, एक सीधे-सादे किसान के घर में एक लइका पैदा भइल। नाम धराइल - रामगोपाल पाल, बचपन तो भैया नौगढ़ में नाना-नानी के यहाँ बीतल। वहीं खेलल-कूदल, वहीं पढ़ल-लिखल। हाई स्कूल तक पढ़ाई उहें से भइल। बचपन से ही आदत रही - केहू दुख में होखे तो सबसे पहिले रामगोपाल पहुँच जाईं। फिर 1990 आइल, उम्र भइल 20 साल। भैया मन में आइल कि अब खाली घर ना, गाँव-समाज के सेवा करे के बा। बस कांग्रेस पार्टी में शामिल हो गइलें। उह समय साथ मिलल - अमरेश सिंह, अयाज खान, राम अशोक शर्मा जैसन बड़े-बड़े लोगन का। इनहीं लोगन के साथे रहके काम सीखलें, सेवा सीखलें। नेता ना, सेवक बनके काम कइलें। फिर भैया मन में आइल - काहे ना चुनाव लड़ल जाए। लेकिन भैया, किस्मत देखिए - सीट आरक्षित हो गइल, मौका हाथ से निकल गइल। कोई और रहता तो अपने सथियन के बैठा देता, पर ई आदमी हार मानने वाला ना रहल। जनता के बीच में लागल रहल। और फिर पहिली बार नगर निगम सिंगरौली से वार्ड नंबर 45 से पार्षद के पर्चा भर दिहलें आइल 2011 भैया, फिर मैदान में उतर गइलें। और का भइल? महज 3 वोट से जीत गइलें! अरे भैया, 3 वोट माने जनता के एक-एक आदमी के दिल में जगह बनवले रहलें तब्बे त ना? फिर 2021 में भी कांग्रेस पार्टी से ही चुनाव लड़लें और आज तक भैया, पार्टी के सच्चा सिपाही बनके जनता की सेवा में लागल बाड़न। किसान के बेटा से पार्षद तक के सफर, ईहे कहानी है भैया - जेकर नीयत साफ होखे, ओकरा के 3 वोट भी जिता देवेला।
पूरी ख़बरें देखें — News Update